समय के अभाव बा
मौका ई बरियार बा,
अप्रिल में एग्जाम बा,
हॉत अभी पढाई बा,
समय के अभाव बा।
प्रयास होत बरियार बा,
आशीर्वाद के चाह बा,
चापटर सब तईयार बा,
समय के अभाव बा।
तेज भईल रफ़्तार बा,
लेख पर लगाम बा,
टार्गेटवा पर ध्यान बा,
समय के अभाव बा।
विश्वास ईहे जोगावे के बा,
फेरु वापस आवे के बा,
भोजपुरी से बहुते प्यार बा,
खालि समय के अभाव बा।
भोजपूरी ला जान बा,
ईहे हमार गुमान बा,
ईहे हमार विचार बा,
भोजपुरी हमार शान बा।
Comments
Post a Comment