बबुआ आ पढाई

नामवा लिखा गइल,
फिसवा भरा गइल,
कॉपिया किना गइल,
बस्ता में रखा गइल।
स्कुल में उ आ गइल,
मास्टर त पढ़ा गइल,
ट्यूशनवो धरा गइल,
प्रयास खूब बढ़ा गइल।
लइकन के उ भा गइल,
पढाई खूब उ क गइल,
परीछा भी दिया गइल,
रिजल्ट भी आ गइल।
बबुआ त छा गइल,
मिठाई भी किना गइल,
घर-घर में बटा गइल,
मनवा के हर्षा गइल।

Comments

Popular posts from this blog

सर्वेश तिवारी श्रीमुख जी की कालजयी उपन्यास "परत" की समीक्षा प्रीतम पाण्डेय के कलम से....

जगहिया उ खुदे बनावेला

पानी:-किल्लत और अनुभव