Wednesday 30 December 2015

परीक्षा:-शंका आ समाधान(लेख)

परीक्षा:-शंका आ समाधान(लेख)

जनवरी के महीना,जहाँ नया साल के स्वागत करेला ओहिजा भर महीना गणतंत्र दिवस समारोह के खुशुबू फिजां में फईलल रहेला। एक तरफ मकर संक्रांति,माघ के मेला आ गंगा स्नान के पावन पर्व मनेला त दोसरा तरफ विद्यार्थी जीवन के सबसे महत्वपूर्ण समय के आगमन भी होला।

जनवरी के महीना हमेशा से विद्यार्थियन ला बहुमूल्य रहल बा। फ़रवरी आ मार्च में बोर्ड के इम्तेहान होखेला त अप्रिल आ मई में अलग-अलग प्रतियोगी परीक्षा आयोजित होखेला। डॉक्टर-इंजनियर बनेके सपना सजवले लाखों परीक्षार्थी परीक्षा के ले के अत्यंत आशंकित रहेला लो। एह लेख के माध्यम से हमार प्रयास छात्रन के मन में उठे वाला तमाम तरह के शंका के समाधान बतावे के बा। सही राह चुनल ही सफलता के पहिलका सीढ़ी होला,एहसे सही राह दिखावे के हमार ई एगो छोटा सा प्रयास बा। 

सबसे ख़ास बात इयाद रहे " ढ़ेर पढ़ला से कोई सफल ना होला,सही आ सटीक पढ़ला से सफल होला"। आज प्रतिस्पर्धा के एह जुग में आपन भविष्य सुरक्षित करेला सर्वश्रेस्ठ पढाई कईला के जरूरत बा। ध्यान रहे "आज-कल सलेक्शन ना रिजेक्शन ला परीक्षा होता" एहसे परीक्षक के मन पढ़ला के नितांत आवश्यकता बा। एह ला शुरआत करे खातिर नया साल के पहिला महीना से अच्छा का हो सकेला।

कम समय में प्रभावी तईयारी ला निम्नलिखित सुझाव बा:-

1. ज्यादा सामग्री जुटावे(Cramming) से बचाव

सबसे पहिले ई ध्यान रखला के जरूरत बा की ज्यादा जानकारी जुटावला के कउनो जरूरत ना होला। एहसे तनाव बढे के संभावना रहेला जउना वजह से महत्वपूर्ण अंश ही अक्सर छुट जाला। क्लास नोट्स आ क्लास टेस्ट से बढ़िया पैकेज कुछ ना होला,एहसे ओपर आपन पकड़ मजबूत करे के सबसे अधिक प्रयास रखे के चाँही।

2. पिछिला सालन के प्रश्न पत्र

अइसन देखल गईल बा की कुछ सवाल सीधे ही पिछिला सालन के पुछल प्रश्न पत्र से आ जाला। अंग्रेजी के मशहूर कहावत ह "Question Papers Are The Most Easiest Way To Win The Examination War"।
पिछिला साल के प्रश्न पत्र देखि के अंदाज लाग जाइ की कइसन सवाल आवेला आ ए घरी ट्रेंड में का चलत बा। ई भी आसानी से पता हो जाला की कौन-कौन टॉपिक प विशेष ध्यान देला के जरूरत बा।

3.उचित आराम आ सिलेबस पर ध्यान

बाल मन एकर बार-बार गवाही देला की तनी कम आराम क के ज्यादा पढ़ लिहला प ज्यादा फायदा होई। कई गो रिसर्च ई सुझाव देता की ज्यादा पढ़ला से अधिका जरूरत उचित आराम ले के पढ़ला के बा। एहसे सिलेबस के सही जानकारी बहुत महत्वपूर्ण बा। सिलेबस के टॉपिक के अलावा पढ़ला के एग्जाम के दृष्टि से कउनो फायदा ना होला।  एहसे शरीर के आराम देत स्मार्ट तरीका से पढ़ल ज्यादा जरुरी बा।

4.पुरनका रवईया में बदलाव

एगो परीक्षा कउनो छात्र के भविष्य निर्धारण ना करेला, बाकि एकर मतलब ओके हल्का में लेवे  से नइखे। परीक्षा के रिजल्ट के चिंता छानी प रख के आपन शत-प्रतिशत देवे के प्रयास करे के अनघा जरुरत होला।  परीक्षा के समय में दुनिया से कट के पढ़ाई करे के आदत में बदलाव भी जरुरी बा। तनाव कम करे के एगो उपाय ग्रुप डिस्कशन भी बा। एहसे आपन तैयारी के सही आकलन भी होला।

5.  रिवीजन के सही तरीका

ध्यान रहे की दुनिया में अइसन केहू नईखे जे 60-70 दिन पहिले पढल टॉपिक्स के कांसेप्ट याद रख सके। एहसे एक दिन में एगो चाप्टर तईयार करे के तरीका गलत बा, ओकरा जगह प हर पाठ के तनी-तनी रोज तईयार कइल ज्यादा जरुरी बा। तैयार चाप्टर के लगातार रिवीजन नया चाप्टर तैयार कईला से कही अधिक महत्वपूर्ण बा। काहे की ओह के इयाद रखल नयका ले आसान आ कम समय लेवे वाला होला।

6. परीक्षा के दिन के प्लान कईल

सबसे बड़ आ महत्वपूर्ण काम खुद के परीक्षा के दिन ला मानसिक रूप से तईयार कईल बा। एह खातिर,आपन संस्थान के आवेवाला टेस्ट देवे के चाही। अगर संभव ना होखे त पिछिला साल के प्रश्न पत्र निर्धारित समय में करे के चाहीं। एहसे परीक्षा के माहौल में ढ़ले में सहूलियत होला। ध्यान रहे " अधिकाँश परीक्षा ए घरी माइनस मार्किंग के साथ होता, एहसे गलती कईला से अच्छा ओह प्रश्न के छोड़ आगे बढ़ला के काम बा"। सावधानी हटी दुर्घटना घटी वाला फॉर्मूला एहुजा लागू बा।

7. फ़ास्ट आ जंक फूड्स से अलगाव

परीक्षा के समय जंक फ़ूड से दुरी अत्यंत जरुरी बा। सभे ई सोचत होई की खाये के समय नईखे मिल पावत,एहसे अइसन खाई की परीक्षा के समय शारीरिक आ मानसिक बल बनल रहो। कउनो तरह के भी कमजोरी ना हो सको। एह खातिर दिमाग आ शरीर के तंदरुस्त रखे ला पोस्टिक भोजन करे के चाही। जैसे- दूध-दही,फल,बादाम आदि।

8. ख़ुशी आउर जश्न मनावे में आगे रहल

कउनो भी ख़ुशी आ जश्न आदमी के सबसे ज्यादा चिंतामुक्त करेला आ नया ऊर्जा देला। खुद ही प्रोत्साहित करेला ए से बढ़िया कउनो हथियार नईखे। एहसे समय के ध्यान में राखि के जश्न में शामिल होखला से फायदा बा घाटा ना। एहसे हर मौक़ा के जीअत जम के मेहनत कईला के जरूरत बा। सफलता पुकार रहल बा बस थोडा सा सजग भईला के काम बा...

        समस्त विद्यार्थी लोग के परीक्षा के शुभकामना आ उज्वल भविष्य के मंगल कामना।

अनुराग रंजन
कोटा,राजस्थान।
मशरख,बिहार।
छात्र आ स्वतंत्र लेखक।

No comments:

Post a Comment