आई संघे

ना रुकब हम ,ना रुकिह तू, कहत बा भोजपुरी आज।
आई संघे मिल के, दिलावल जाव भोजपुरी के ताज।।

राख ल तू मान हमार, पुकार रहल बा भोजपुरी आज।
आई संघे मिल के, बचावल जाव भोजपुरी के लाज।।

अश्लील गीतन से मुक्ति, माँग रहल बा भोजपुरी आज।
आई संघे मिल के, लोक-संगीत के बढ़ावल जाव मान।।

लिखी, पढ़ी बोली, इहे चाहत बा सबका से भोजपुरी आज।
आई संघे मिल के, राख लिआव भोजपुरी के मान-सम्मान।।

दिआवल भोजपुरी के पहचान, इहे ह भोजपुरियन के काज।
आई संघे मिल के, बढ़ावल जाव भोजपुरी के खांटी पहचान।।

अनुराग रंजन 
छपरा(मशरख)




Comments

Popular posts from this blog

सर्वेश तिवारी श्रीमुख जी की कालजयी उपन्यास "परत" की समीक्षा प्रीतम पाण्डेय के कलम से....

जगहिया उ खुदे बनावेला

पानी:-किल्लत और अनुभव